Date: 02/07/2025 Wednesday ABOUT US ADVERTISE WITH US Contact Us

काव्य गोष्ठी के मानसून में भईल भोजपुरी कवितवन के खूबे बौछार
 

7/1/2025 4:24:39 PM IST

44
कोयलांचल लाइव डेस्क, Koylachal Live News Team
Dhanbad  : भोजपुरी सरधा मंच के राष्ट्रीय काव्य गोष्ठी कालहू रात 8 बजे ले  संपन्न भईल, जेह मे भोजपुरी के बरसात पअ आ आपरेशन सिंदूर पअ आ देश भक्ति पअ खुबे दमदार कवि कुलही लोग आपन जलवा बिखरनी जा। भोजपुरी गोष्ठी के अध्यक्षता कईलें भोजपुरी के बुजुर्ग कवि अवकाश प्राप्त प्राचार्य पं. जगदीश नारायण ओझा।  आ मुख्य अतिथि रहलें वरिष्ठ पत्रकार उमेश तिवारी आ विशेष अतिथि रहनी हअ डॉ नीरा प्रसाद।  खूब बढियाँ संचालन कईलें संस्था के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष आ प्रवक्ता भा कहीं भोजपुरी के विद्वान कवि प्रो.(डॉ ) शैलेश सिंह ' शौर्य '। मुख्य अतिथि कहनी की हमनी के जौन भोजपुरी भाषा बा एहि तरी आगे बढ़ावे के बडुवे आ अब हम कुलह प्रेस आ समाचार पत्र मे भोजपुरिये  मे छापे के प्रयास करब।  एह अवसर पअ संस्था के संस्थापक आचार्य संजय सिंह ' चंदन' आ संस्था अध्यक्ष प्रमिला श्री तिवारी आ संस्था के महासचिव संतोष ओझा प्रभाकर जी भी रहलें आ खूब बढियाँ दोहा, गीत आ गवनई कईलें जा।  विशेष कवि मे डॉ नीरा प्रसाद, राघव पांडेय, सरिता पांडेय, नीरजा पप्पी, सुमन मिश्रा, डॉ. रत्ना वर्मा ' राज' जी के खूब सराहल गईल। अंतिम मे पंडित जगदीश नारायण ओझा जी सबके आभार व्यक्त कइनी आ आशीर्वाद दिहानि। 
 
 
उमेश तिवारी कोयलांचल लाइव डेस्क